गोरखपुर मे राप्ती घटत बिया बाकिर घाघरा के बढ़ जारी

सोमार का दिने गोरखपुर मे राप्ती नदी के पानी घटल शुरू हो गइल बा बाकिर घाघरा के पानी लगातार बढ़ल जात बा. कुछेक जगहा कटानो होखत बा जवना से नदी किनारे बसल लोग आफत मे बा.

एह बीच बरखा का चलते आजाद चौक रुस्तमपुर से मिर्जापुर ले जाए वाली बगहा बाबा रोड पर जगहे जगह पानी भर गइला का चलते एह प चलल मुश्किल हो गइल बा. शहर के दखिनवारी इलाका के आजाद चौक, महुई सुघरपुर, शिवपुरी कालोनी, फुलवरिया, कजाकपुर, सिंदुली बिंदुली आ मिर्जापुर वगैरह मुहल्ला के लोग के परेशानी बढ़ गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।