गोला बारूद के प्रोमोशनल सोंग में अंजना सिंह

सिनेमा भोजपुरी के गरम लिट्टी बन गइल अंजना सिंह, मशहूर अभिनेता बृजेश त्रिपाठी, सिरमौर खलनायक अवधेश मिश्रा आ कोमेडी किंग मनोज टाइगर पर पिछला दिने मुंबई के रसियन विला में ग्रीन चिल्ली फिल्म्स एंड मीडिया प्राइवेट लिमिटेड के फिल्म “गोला बारूद” ले प्रोमोशन सोंग के शूटिंग भइल. पीछा करके हमार लोगवा चुम्मा माँगऽ ता .. बोल वाला गाना पर भोजपुरी के एह मशहूर सितारन पर डांस मास्टर रिक्की गुप्ता दू दर्जन डांसरन का साथे फिल्मवले. एह गाना के बड़हन कैनवास पर उतारे खातिर भोजपुरी के नंबर वन निर्देशक राज कुमार आर.पाण्डेय आ कैमरामेन से निर्देशक बनल फ़िरोज़ खान के सहयोग लिहल गइल.

प्रसिद्ध वितरक प्रदीप सिंह आ पी.जे फिल्म्स एंड म्यूजिक के हरीश जायसवाल बतवले कि अंजना सिंह पर प्रोमो फिल्मावे के मकसद एह फिल्म के स्तर उठावे के रहल काहें कि अंजना सिंह आजु के व्यस्ततम अदाकारा हई. एकरा अलावे भोजपुरिया दिग्गजन के मौजूदगी से गाना के शोभा अउरी बढ़ गइल बा. अंजना सिंह कहली कि एह प्रोमो सांग के प्रस्ताव मिलते सकार लिहले रही काहे कि अबही भोजपुरी में प्रोमोशनल सोंग के चलन शुरू नइखे भइल.


(उदय भगत के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।