ग्रीन चिल्ली एके साथ चार गो फिलिम लांच कइलसि

भोजपुरी इंडस्ट्री के नम्बर वन आ बहुचर्चित वितरक निर्माता प्रदीप सिंह एके साथ गो चार भोजपुरी फिलिम बनावे के घोषणा कइलन. प्रदीप सिंह के कंपनी ग्रीन चिल्ली के पहिला फिलिम होखी ‘खून भरी मांग’ आ एकर निर्देशक रहीहें सुशील उपाध्याय. एक फिल्म खातिर निर्देशक असलम शेख आ दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’ के साइन कइल गइल बा. तिसरका फिलिम खातिर “देवरा बड़ा सतावेला” के सगरी कलाकारन आ तकनीशियन के रिपिट कइल जाई. एही तरह “बुढवा बड़ा सतावेला” खातिर निर्देशक हरीश जयसवाल के साइन कइल गइल बा. एह फिल्म में एगारह गो अभिनेत्री रहीहें आ ब्रेकिंग न्यूज ई बा कि खुद वितरक निर्माता प्रदीप सिंह एह फिलिम में अभिनय करीहें.

सगरी फिलिमन के स्क्रिप्ट पर काम चालू बा आ जल्दिए शूटिंगो शुरु करा दिहल जाई.प्रदीप सिंह के हालिया रिलीज फिलिमन में जान तेरे नाम, कजरा मोहब्बत वाला बाड़ी स.


(संजय भूषण पटियाला के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *