ग्लैमर क्वीन अर्चना कहली – ‘सजना मंगिया सजाई द हमार’

ArchanaSingh
मॉडलिंग आ ग्लैमर के दुनिया में जलवा बिखेरत ग्लैमर क्वीन अर्चना सिंह अब सिनेनो में अपना मोहक अदा के जादू चलावत बाड़ी. मैनास प्रोडक्शन प्रा लि के बैनर में निर्माता हलचल सिंह के फिलिम ‘सजना मंगिया सजाई द हमार’ में ऊ ग्लैमर लुक में नज़र आवे वाली बाड़ी.

लेखक निर्देशक ओम जी (ओम प्रकाश यादव) के निर्देशन में बनत एह फिलिम के आखिरी शेड्यूल के शूटिंग जल्दिए पूरा हो जाई. एब फिलिम के भोजपुरी सिनेमा प्रेमी अपना परिवार संगे सिनेमाहाल जा के देख सकीहें.

एह फिलिम में अर्चना सिंह के नायक बाड़ें चर्चित गायक आ व नायक रवि राज दीपू आ साथे रहीहें अरविन्द अकेला कल्लू, नेहा श्री, मनोज टाईगर, सुरेन्द्र पाल, प्रीती सिंह, सी पी भट्ट, अमित कुमार, शफ़ीक़ रंगरेज़, कुन्दन कश्यप अउर बालेश्वर सिंह.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।