“गढ़वा – एक आतंक” के सगरी गीत रिकॉर्ड

Gadhawa-EkAatank
फोकस टेलीफिल्म बैनर के भोजपुरी फिलिम ‘गढ़वा – एक आतंक’ के सगरी गीत गीत रिकॉर्ड करा लिहल गइल बा. एह गानन के उदित नारायण, इन्दू सोनाली, रेखा राव, खुशबू जैन, उदय नारायण, डालिया वगैरह का आवाज में रिकार्ड करावल गइल बा.

रोमांस से भरपूर एह फैमिली ड्रामा फिलिम के निर्मात्री हई नाज़मा खान आ निर्देशक खालिद खान. कहानी लेखक राजेश कुमार पाण्डेय, संगीतकार युवराज मोरे, गीतकार अशोक सिन्हा, दीपक अउर मनोज, छायांकनकर्ता वी डी नाईक, नृत्य निर्देशक महेश आचार्य अउर विक्रमजीत.

मुख्य कलाकार बाड़े अविनाश शाही, शिवानी त्यागी, के के गोस्वामी, अमित मिश्रा, प्रेमा किरन, गोपाल त्रिपाठी, माधुरी पाण्डेय, ओबैद, हरिशंकर पंडित, दीपक भाटिया, आ बाल कलाकार हुज़ैफ खान अउर शोएब खान.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।