घवाहिल होखला का बावजूद शूटिंग पुरवलें विशाल तिवारी

VishalTiwari-broken-potsबिजनेस मैन से अभिनेता बनल विशाल तिवारी पिछला दिने फिलिम “लड़ाई” के एगो फाईट सीन में बहुते घवाहिल हो गइलें. एकरा बावजूद शूटिंग पूरा कइए के डाक्टर किहाँ गइलन. शूटिंग जहानाबाद में चलत रहे.

बक्सर, बिहार के मूल निवासी विशाल तिवारी बतौर फिल्म निर्माता “फूल बनल अंगार” से सिनेमा भोजपुरी इंडस्ट्री में डेग धइले रहले. ओह फिलिम में अपना टीम का दबाव में एगो छोटहन भूमिको कइले रहलन विशाल. ओकरा बाद कैमरा फेस करे के हिम्मत बढ़ल त फिलिम “भाई जी” से बतौर नायक सिनेमा के परदा पर अइलें आ अब सिनेप्रेमियन के पसंदीदा बन के अपने होम प्रोडक्शन फिलिम “लड़ाई” से फेरू सिने प्रेमियन से रूबरू होखे वाला बाड़ें. एगो सफल बिजनेस मैन होत फिलिम इण्डस्ट्री में पाँव जमावल खातिर वाकई काबिले तारीफ बाड़न विशाल तिवारी.


(अपना न्यूज)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..