घाघरा के पानी मनियर आ सिकन्दरपुर में पसरल जारी

घाघरा नदी के पानी में बढ़ाव त सोमार का दिने थथम गइल बाकिर मनियर आ सिकन्दरपुर के मैदानी इलाकन में पानी के पसरल अबहियो जारी बा. लेतरहा समेत अनेके गाँव बाढ़ का पानी में घेराइल बा. बिल्थरा रोड के गुलौरा गाँव कटान का जद में आ गइल बा आ टीएस बंधा पर पानी के दबाव बहुते अधिका बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।