घूसखोरी के आरोपी कांग्रेसी मंत्री इस्तीफा दिहलन

देश के बचल खुचल राज्य में कांग्रेस के सरकार बाचल बावे बाकिर घोटाला के आदत छूटले नइखे छूटत. अब केरल के वित्त मंत्री केएम मणि के मजबूरन इस्तीफा देबे के पड़ल बा. उनुका पर बार चलावे वालन से घूस ले के बार वालन के लाइसेंस रिन्यू करे के आरोप में अदालत का तरफ से कहल गइल रहुवे कि आम आदमी के संदेश ना जाए के चाहीं कि समरथ के ना दोष गुसाईं आ बड़का लोग कतनो बड़ अपराध क के कानून से बाच सकेला.
अदालत के लागत बा कि मणि का खिलाफ पर्याप्त सुबूत बा आ उनुका खिलाफ जाँच के काम आगे चले के चाहीं.

0 Comments

Submit a Comment