घोटाला के आरोप में पूर्व मंत्री ए॰ राजा के गिरफ्तारी

आजु बुध का दिने पूर्व केन्द्रीय संचार मंत्री ए॰ राजा के आ मंत्रालय के दू गो अधिकारियन के गिरफ्तार कर लिहल गइल. एह लोग पर टूजी स्पेक्ट्रम बाँटे में घोटाला करे के आरोप बा. अगिला हफ्ता सीबीआई एह मामिला में सर्वच्च न्यायालय के अपना प्रगति का बारे में जानकारी दीहि. शायद केन्द्रो सरकार चाहत बिया कि संसद के अगिला सत्र में विपक्ष के हंगामा शान्त करे में ई गिरफ्तारी सहायक हो पाई. बाकिर नीतीश कुमार दिल्ली में पत्रकारन से बतियावत साफ कर दिहले कि विपक्ष एह घोटाला के जेपीसी से जाँच करवावे पर अड़ल बा आ ई अब सरकार के जिम्मेदारी बा कि ऊ आपन जिद्द छोड़ के जेपीसी बनावे पर तइयार हो जाव. जयललिला एह गिरफ्तारी के दिखावा कहले बाड़ी. भाजपा के कहना बा कि अतने से काम ना चली.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।