चंदासूरज के चार गीत रिकार्ड

लार्ड शिवा क्रियेशन्स के बैनर में निर्माता निर्देशक कुमार राहुल के पहिलका भोजपुरी फिलिम “चंदासूरज” के चार गो गाना के रिकार्डिंग करा लिहल गइल. फिलिम में एगारह गो गाना बा जवना में से नव गो गाना आ कहानी कपिलदेव खरवार के लिखल ह, बाकी दू गो गीत डा॰ प्रेमनारायण मिश्रा के. संगीत विजय देसाई के बा. राजीव मोना म्यूजिक अरेंजर हउवे. के बा. जवन चार गो गाना के रिकार्डिंग भइल बा तवना में से दू गो साधन सरगम के आवाज में, आ एक एक गो विनोद राठौड़ आ जलेबाई फेम रीतू पाठक का आवाज में. रिकार्डिस्ट रहले साजिद खान.

फिल्म के पटकथा आ संवाद वरिष्ठ फिल्म अभिनेता श्रीगोपाल लिखत बाड़े. नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी आ कैमरा मैन सुनील वानखेडे हउवन.

मुंबई के प्रसिद्ध रंगकर्मी अभिनेता धर्मेन्द्र खरवार एह फिल्म के नायक बाड़े आ विनोद तिवारी खलनायक. बाकी कलाकारन में उल्हास, उत्तम झा, अमरदेव बहुगुणा वगैरह के नाम बा.

स्रोत कपिलदेव खरवार

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..