चंदा सूरज के गीत के रिकार्डिंग शुरु

पिछला तीन साल से तइयारी में लागल भोजपुरी फिल्म चंदा सूरज के गीतन के रिकार्डिग के काम मुंबई के एम फॉर यू रिकार्डिंग सेन्टर, लोखन्डवाला में रिकार्डिस्ट प्रवीर सरकार का देखरेख में चल रहल बा. लॉर्ड शिवा क्रिएशन्स के प्रस्तुति एह फिल्म के निर्माता आ निर्देशक हउवे कुमार. एह फिल्म का कलाकारन में मुंबई के सुपरिचित रंगकर्मी धर्मेन्द्र खरवार का साथ साथ के॰ उल्हास, विनोद तिवारी, उत्तम झा, अमरदेव बहुगुणा आ रणजीत बच्चन के नाम खास बा.

कपिलदेव खरवार के लिखल कहानी के संवाद लिखत बाड़े गोपाल, नृत्य निर्देशन करीहे कानू मुखर्जी, कैमरा मैन होखीहे सुनील वानखेडे. कपिलदेव खरवार एह फिल्म के नौ गो गीतो लिखले बाड़न, जबकि दू गो गीत प्रेमनारायन मिश्रा के लिखल बा. संगीतकार हउवें मुंबई के श्रद्धा संगीत विद्यालय के संगीत गुरू विजय देसाई.


(स्रोत – कपिलदेव खरवार)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..