चइत नवरात्र सोमार से शुरु हो रहल बा

चइत महिना वाला नवरात्र सोमार ४ अप्रेल से शुरु हो रहल बा आ शुरु हो रहल बा विक्रमी संवत २०६८. देश के सगरी शक्तिपीठन पर काल्हु से होखे वाला नवरात्र पूजा के तइयारी चल रहल बा. मिर्जापुर के विंध्याचल, गोरखपुर के तरकुलहा देवी मंदिर, महाराजगंज के लेहड़ा देवी मंदिर, थावे के देवी मंदिर आ आमी के मंदिर पर भक्तन के काल्हु से बड़हन भीड़ जुटी आ लोग श्रद्धा भाव से देवी अर्चना करी. एही नवरात में चइती छठ आ श्रीरामनवमीओ पड़ी.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।