चउथको दिने सोना के संकेत ना भेंटाइल आ अउरिओ छूटल फटकल खबर

उन्नाव जिला में शोभन सरकार के कहला में आ के हजार टन सोना खोजे खातिर खोनाई चउथको दिने चालू रहल बाकिर कुछ मिले के संकेत ना भेंटाइल. एह बीच बाबा के नाराजगी पर नरेन्द्र मोदी उनका त्याग आ तपस्या के प्रणाम करत आपन सफाई भेजवले जवना का बाद बाबा शोभन सरकार नरेन्द्र मोदी के माफ कर दिहले. मोदी केन्द्र सरकार के एह खोनाई ला खिंचाई कइले रहले. बाकिर बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमारो एह खोनाई के पूरा बकवास बता दिहले.

अमेरिका साफ कह दिहलसि कि ऊ काश्मीर मामिला में दखल ना दी, पिछला दिने पाकिस्तान के प्रधानमंत्री नवाज शरीफ कहले रहले कि अमेरिका के एह मामिला मे दखल देबे के चाहीं.

अपना मामिला के टीवी चैनल पर धारावाहिक चलावल रोके ला आसाराम के गोहार सर्वोच्च न्यायालय खारिज क दिहलसि बाकिर संगही चैनल वालन के हिदायत दिहलसि कि धेयान देव लोग कि एहसे मामिला पर असर मत पड़े.

भठियरपन का मामिला में चार साल के सजा भुगतत कांग्रेसी सांसद रशीद मसूद के राज्यसभा सदस्यता सोमार का दिने खतम होखे के आदेश जारी हो गइल. रशीद मसूद एह तरह से सांसदी गँवावे वाला पहिला नेता बन गइले. अब लालू प्रसाद आ जगदीश शर्मा के लोकसभा सांसदी जाए के बारी बा.

आजु मंगल का दिने ‘करवा चौथ’ व्रत करीहें सुहागिन.

पैंतीस महीना में सबले उँच स्तर पर रहल सेंसेक्स, आ निफ्टी.

सड़क दुर्घटना में घवाहिल पर्यावरणविद सुनीता नारायण के हालत थिराइल.

नैनीताल में बस दुर्घटना से सोरह लोग के जान गइल.
(संचार माध्यमन से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *