चउथको हफ्ता सुपर हिट बनल रहल सजना मंगिया सजाई द हमार

SajnaMangiyaSajaiDaHamar-posterसेसर बोर्ड से यू सर्टिफिकेट मिलल आ महिला प्रधान पारिवारिक भोजपुरी फिलिम ‘सजना मंगिया सजाई द हमार’ चउतको हफ्ता बिहार में सुपर हिट जात बिया. 11 जुलाई से बिहार आ झारखण्ड में रिलीज भइल निर्माता हलचल सिंह के एह फिलिम के देखे वालन के इहे कहना बा कि ढेर दिन बाद भोजपुरी में कवनो नीमन फिलिम देखे के मिलल.

फिलिम ‘सजना मंगिया सजाई द हमार’ के निर्देशन ओमप्रकाश यादव के बा आ संगीत राकेश निराला के. गीत राकेश निराला आ कन्हैया कुशवाहा के लिखल ह.

मुख्य कलाकार बाड़े अरविन्द अकेला ‘कल्लू’, नेहाश्री, रविराज दीपू, अर्चना सिंह, मनोज टाईगर, बालेश्वर सिंह, सी पी भट्ट, शफीक रंगरेज़, प्रीती सिंह, अमित कुमार, जावेद रहमान, उमेश सिंह, सुनीता शर्मा, चन्दन कश्यप आ सुरेन्द्र पाल वगैरह.
(रामचन्द्र यादव)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।