चकाचक कर देली मोनिका सिंह बत्रा

सिनेमा भोजपुरी के गमर बाला मोनिका सिंह बत्रा कवनो फिल्मी पार्टी में चहुँप जास त कैमरा के मुँह उनुके ओर घूम जाला जेने से मोनिका बत्रा के आगमन होला. अइसने भइल पिछला दिने गोरेगांव का फिल्मिस्तान स्टूडियो का सोझा प्लेटिनम स्टूडियो में जहवाँ मोनिका बत्रा के फिलिम ‘सईंया अरब गईले ना’ के संगीतमय शुरुआत भइल. जइसहीं मोनिका बत्रा चहुँपली सगरी कैमरा के मुंह उनुके ओर घूम गइल, मौजूद वीआइपियन के छोड़ के. चकचोन्हर कर देबे वाला फ्लैश का बीच होड़ एह बाति के रहल कि मोनिका सिंह के इंटरव्यू के पहिले करी.

बतावत चलीं कि फिल्म ‘एलान बा’ में मेगा स्टार मनोज तिवारी का अपोजिट नायिका बनके आइल मोनिका बत्रा के नयकी फिल्म ‘सईंया अरब गईले ना’ के निर्माण अजीत श्रीवास्तव करत बाड़े आ निर्देशक हउवन यशवंत सिंह ‘यश’. फिल्म में मोनिका आ विक्रांत सिंह जोड़ी बावे.

मोनिका सिंह बत्रा के एगो अउरी भोजपुरी फिल्म ‘कसम तिरंगा के’ में मुख्य नायिका का किरदार में देखल जाई. एहमें मोनिका एक्शनो करीहे. बतावल जात बा कि मोनिका के अपोजिट एगो सुपर स्टार के साईन कइल जात बा.


(शशिकांत सिंह के रपट से)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।