चलल लाल चिंगारी के पहिला शूटिंग

पिछला दिने पटना गाँधी मैदान का लगे जेपी गोलम्बर का पास भोजपुरी फिल्म “चलल लाल चिंगारी” के पहिलका शूटिंग करावल गइल. ए एस मीना फिल्म्स का बैनर में बनत एह फिल्म में नक्सली हिंसा मुख्य विषय बा जवना से आजु देश के कई राज्य, बिहार समेर, परेशान हलकान बाड़े. चिंता के बाति बा कि एह नक्सली हिंसा में अब मेहरारूओ शामिल होखे लागल बाड़ी सँ.

ओह दिन निर्देशक अशोक योगी के इशारा पावते शूटिंग शुरू भइल. सीन रहे एगो महिला नक्सली (सारिका संघमित्रा) के पुलिस अदालत ले जात बिया बीच रास्ता में दोसर नक्सली (राहुल सिंह) अपना दल बल का साथ पुलिस पार्टी पर गोलीबारूद से हमला कर देत बा आ अपना कामरेड के छोड़ा ले जात बा. सीन के सहल शूटिंग होखते सबही थपड़ी बजा के स्वागत कइल.

फिल्म के निर्माण योग नारायण करत बाड़े आ संगीत अरविंद मधुर के, फाइट जीतू सिंह के, आ निर्माण नियन्त्रण अरविंद श्रीवास्तव के बा. फिल्म के कलाकारन में कुणाल सिंह, दिलिप सिन्हा, उपासना सिंह, राहुल सिंह, चंद्र भूषण तिवारी, सारिका संघमित्रा, अर्चिता मासी, डा॰ श्रीकांत, भोला यादवेन्दु, आर नरेन्द्र, प्रेम संघालिया. दीपक तनेजा, उपेन्द्र सिंह, विजय आनन्द, अरुण सिंह, श्याम मलहोत्रा, संजय सारंग, अमित वगैरह के नाम शामिल बा.


(स्रोत : दिनेश चन्दर)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।