चारामशीन से दबा के लइका मरल

गोपालगंज के भोरे थाना के केरवनिया गाँव के सिसई टोला में अपना मामा किहाँ रह के पढ़ाई करे वाला भोपतपुरा के एगो लइका खेल खेल में चारा मशीन से टकरा के नीचे दबा गइल आ ओहिजे ओकर मौत हो गइल.

एगो दोसर दुर्घटना में दिघवा गाँव के एगो आदमी अपना भतीजी का तिलक में मोकामा गइल रहलें जहाँ से एगो टाटा सूमो पर लवटत रहलें. बाढ़ थाना के मोर गाँव का लगे सूमो एगो डम्पर से टकरा गइल. एह दुर्घटना में उनकर ओहिजे मौत हो गइल.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।