चारा घोटाला का एगो मामिला में तीसेक जने के जेल आ जुर्माना

लालू प्रसाद का मुख्यमंत्री रहते भइल चारा घोटाला से जुड़ल एगो मामिला में तीस से बेसी लोग के चार से छह साल के सजा सुनावल गइल बा. ओह लोग पर डेढ़ लाख से ले के दू करोड़ रुपिया तक के जुर्मानो लगावल गइल बा. चाइबासा के जिला पशुपालन अधिकारी रहल भेंगराज के छह साल के जेल आ डेढ़ करोड़ रुपिया के जुर्माना सुनावल गइल बा. एगो अउरी जिला पशुपालन अधिकारी गौरी शंकर प्रसाद के छह साल के जेल का साथे पचहत्तर लाख रुपिया के जुर्माना लगावल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..