चारा घोटाला मुजरिम लालू के झूठहन मामिला में फंसावे के बाति पर हंगामा

पटना 16 मार्च (वार्ता). बिहार विधानसभा में आजु राजद विधायक बवाल कइलें. ओह लोग के कहना रहल कि रेलवे टेंडर में गड़बड़ी करे के झूठ मामिला में सीबीआई तब रेलमंत्री रहल लालू प्रसाद यादव के फंसावत चाहत बिया. एह बवाल का चलते आजु विधानसभा की कार्यवाही भोजनावकाश से पहिले ना चल सकल.

विधानसभा के कार्यवाही शुरू होखते राजद के अब्दुल बारी सिद्दीकी एगो अंग्रेजी अखबार के खबर के हवाला देत कहलन कि राजद अध्यक्ष आ रेलमंत्री रहल लालू प्रसाद यादव के रेलवे टेंडर मामिला में गड़बड़ी करे के झूठ मामिला में सीबीआई का जरिए केंद्र के मोदी सरकार फंसवले बिया. कहलन कि सीबीआई के लीगल सेल एह मामिला में लालू यादव के क्लीन चिट दे दिहले रहुवे, तबहियों उनुका के फंसावल गइल बा. कहलन कि सदन में एह पर चर्चा करावल जाव.

बाकिर सभाध्यक्ष विजय कुमार चौधरी एकर अनुमति ना दिहलें आ कहलें कि नियम का तहत कवनो विषय ले आवत जाई त सरकार ओहपर जरुर जवाब दी. बाकिर तबहियों राजद विधायकन के बवाल जारी रहल.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..