चारा घोटाला में सजायाफ्ता लालू का बदले राबड़ी देवी सारण से परचा दाखिल कइली

राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव के सजा मिलला का बाद चुनाव लड़े जोग ना रह गइला का बाद उनकर मेहरारु सारण लोकसभा सीट से आपन परचा दाखिल कइली. पिछला चुनाव में एहिजा से लालू खुद चुनाव जीतले रहले.

शनिचर का दिने परचा दाखिल करत घरी राबड़ी देवी का साथे पति लालू प्रसाद आ बेटा तेजप्रताप साथे रहलन. परचा दाखिल कइला का बाद राबड़ी देवी कहली कि उनकर जीत पकिया बा. कहली कि लड़ाई आरएसएस से बा. जान जाईं कि बिहार के मुख्यमंत्री रह चुकल राबड़ी देवी पहिला बेर लोकसभा के चुनाव लड़े जात बाड़ी.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।