चारा घोटाला में सजायाफ्ता लालू का बदले राबड़ी देवी सारण से परचा दाखिल कइली

राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव के सजा मिलला का बाद चुनाव लड़े जोग ना रह गइला का बाद उनकर मेहरारु सारण लोकसभा सीट से आपन परचा दाखिल कइली. पिछला चुनाव में एहिजा से लालू खुद चुनाव जीतले रहले.

शनिचर का दिने परचा दाखिल करत घरी राबड़ी देवी का साथे पति लालू प्रसाद आ बेटा तेजप्रताप साथे रहलन. परचा दाखिल कइला का बाद राबड़ी देवी कहली कि उनकर जीत पकिया बा. कहली कि लड़ाई आरएसएस से बा. जान जाईं कि बिहार के मुख्यमंत्री रह चुकल राबड़ी देवी पहिला बेर लोकसभा के चुनाव लड़े जात बाड़ी.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..