चारा घोटालेबाज लालू के गोल काल्हु पेट्रोल-डीजल के दाम बढ़ला पर विरोध प्रदर्शन करी


पटना 25 मई. जेल के सजा काटे का दौरान इलाज का नाम पर जमानत पर छूटल चारा घोटालेबाज लालू के गोल राष्ट्रीय जनता दल(राजद) आजु कहलसि कि ऊ केन्द्र में भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) नीत नरेन्द्र मोदी सरकार के राज में पेट्रोल-डीजल के दाम लगातार बढञत गइला का खिलाफ बिहार भर में विरोध जुतूस निकाली.
राजद के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष आ कबो केन्द्रीय मंत्री रहल रघुवंश प्रसाद सिंह आजु राजद के प्रदेश कार्यालय में रेघरियवलन कि मोदी का राज में पेट्रोल-डीजल के दाम लगातार बढ़ले जात बा आ अब पेट्रोल 83 रुपिया आ डीजल 72 रुपिया लीटर से अधिका पर बेचात बा. पूछलन कि अबहीं ले पेट्रोल-डीजल के जीएसटी का दायरा में काहे नइखे ले आवल गइल. उनुकर कहना बा कि देश में लोग हाहाकार करत बा.
रघुवंश प्रसाद इहो कहलन कि पाकिस्तान में पेट्रोल 44 रुपिया आ डीजल 51.15 रुपिया लीटर बेचात बा. बेचारु के मालूम नइखे कि पाकिस्तान के हालत अतना खस्ताहाल बा कि ओकरे लगे आपन जरुरत पूरा करे लायक पइसा नइखे रहि गइल. रघुवंश इहो ना बतवलन कि जब जनता में अतना हाहाकार मचल बा त लोग बवाल काहे नइखे काटत जबकि देश के तमाम विरोधी गोल जनता के भड़कावे में लागल बाड़े. शायद रघुवंश प्रसाद जइसन लोग के ई शिकायत एहसे बा कि सरकार पेट्रोल-डीजल से मिले वाला धन से देश के गरीब जनता ला खरचत बिया जवना चलते विरोधियन के दाल नइखे गल पावत.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।