चारो तरफ वाहवही हो रहल बा पाखी के


अपना हुस्न आ अदा से आम भोजपुरिया दर्शकन के दिल के धड़कन बन चुकल पाखी हेगडे अब समाज के प्रतिष्ठितो वर्ग के अपना अभिनय क्षमता से मोहित करे लागल बाड़ी. हालही में रिलीज उनकर फिल्म सात सहेलियाँ में एगो शहरी लड़की के भूमिका जवना काबिले तारीफ तरीका से पाखी हेगडे कइले बाड़ी ओहसे चारो ओर उनकर वाहवही हो रहल बा. बिहार यूपी के वितरक, सिनेमा हाल मालिक, हाई सोसाइटी के दर्शक सब लोग पाखी के अभिनय कौशल के बड़ाई कर रहल बा.

सात सहेलियाँ में शहरी लड़की के भुमिका में पाखी जवना तरह से तोहे देख दिलवा मैडम जी लव यू लव यू बोले गाना पर आपन डाँस कइले बाड़ी ओकरा के देख के हर केहू के मन मोर लेखा नाचे लागल बा. पाखी का लगे बधाईयन के ताँता लागल बा. वितरक आ सिनेमा हाल के मालिक त सीधे उनका के फोन कर के बधाई दे रहल बा. एह हफ्ता सात सहेलियाँ करीब दर्जन भर सिनेमा घरन में पचासवाँ दिन मना रहल बिया.

एह वाहवही से उत्साहित पाखी कहत बाड़ी कि ई त दर्शक लोग के प्यार बा. बस!


( स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।