चार चार किलो के चार गो गरईया

screengrab from the video on youtube.com

मजनू होखे त अइसन से ओढ़निए से छान के चार चार किलो के चार गो मछरी मार ले आवे आ प्यार से बना के खियावे.

वर्ल्डवाइड रिकार्ड्स भोजपुरी के यू ट्यूब चैनल पर तीन दिन पहिले जारी कइल एह गीत के सुन के लागल कि रउरो सभे के सुनावल जाय.

आशुतोष तिवारी आ अनीस के लिखल एह गीत के संगीत से सजवले बाड़न आर्य शर्मा. लेख, शोध वगैरह त अकसरहां कई लोग के सामूहिक रुप से लिखल मिल जाला बाकिर कहानी, कविता भा गीत के दू आदमी मिल के लिखे के नमूना फिल्मी दुनिया में खूबे मिलेला. एहसे ई मत समुझब कि एगो गीत के सुना के दूगो गीतकार के नाम काहे बतावत बानी.

पहिले त पीआरओ लोग के रपट मिलत रहुवे त ओही हिसाब से अंजोर कर देत रहीं. अब अपने से खबरो खोजत रहे के पड़ेला आ ओकरा के प्रचार का तरह ना परोस के सूचना भा जानकारी का तरह परोसत रहिलें.

एह वीडियो के निर्माता रत्नाकर कुमार, निर्देशक विझेल, आ नृत्य निर्देशक साहिल राज हउवें.

त लीं अब गीतो सुन लीं. जवना के गवले बाड़ी शिवानी सिंह आ अभिनय कइले बाड़ी माही श्रीवास्तव.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।