चालबाज चुलबुल पाण्डेय

निर्देशक से अभिनेता बनल टी बॉबी सिंह अबकी भोजपुरी फिल्म “चालबाज चुलबुल पाण्डेय” में अभिनेता मनोज पाण्डेय का साथ अभिनय कर रहल बाड़े. प्रीति राज फिल्म्स का बैनर में जगदीश सिंह के बनावल एह फिल्म के शूटिंग २५ मई से बिहार के पटना, नालन्दा, आ गया जिला में करावल जाई. निर्देशनो बॉबिए सिंह करे जा रहल बाड़े. गीत राजेश मिश्रा, सुभाष यादव, धीरेन्द्र यादव आ श्यामजी श्याम के लिखल बा. संगीत बावे सावन कुमार के जबकी नृत्य आ छायांकन अनिल हाँडा करीहे. फिल्म के कलाकारन में बॉबी सिंह, मनोज पाण्डेय, अक्षरा सिंह, रितू मेहरा, राखी त्रिपाठी, मोनिका सिंह, उमेश सिंह, मोना राय, राकेश त्रिपाठी, आनंद मोहन, नीलिमा सिंह, नवल किशोर, फूल सिंह, सीमा सिंह, ममता, पवन झा, सोनू झा, आ अमरेश नारायन सिन्हा उर्फ मंटू लाल शामिल बाड़े.
(स्रोत – संजयभूषण पटियाला)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।