चिंटु बन गइलें नायक

Chintuसिनेमा भोजपुरी के नयका सितारा चिंटु अब नायक बन के आवत बाड़ें. देवरा बड़ा सतावेला, ट्रक ड्राईवर, पियवा बड़ा सतावेला, लहरिया लुट ए राजा जी जइसन सुपरहिट फिलिमन में अभिनय का बाद चिंटु अब साईदीप फिल्मस् के बनावल आ सी.पी.आई. मूवीज के प्रस्तुति ‘जीना तेरी गली में’ फिलिम से बतौर नायक परदा पर आवत बाड़ें.

मशहुर निर्माता निदेशक राजकुमार आर. पाण्डेय के एह फिलिम में चिंटु एक्शन आ रोमांस दुनु तरह का भूमिका में लउकीहें. नायिका बाड़ी प्रियंका पाण्डेय. फिलिम के गाना अबहिएं से लोकप्रिय हो गइल बाड़ी सँ.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।