चितबड़ागाँव टीसन पर दू जने के मौत

सोमार का फजीरे चितबड़ागाँव टीसन पर एगो नवही मालगाड़ी से कटा गइल. हालांकि अनेसा जतावल जात बा कि ओकर गरदन कहीं अउर काट के मामिला अझुरावे ला रेल लाइन पर फेंक दिहल गइल होखी. मरे वाला के पहचान गाजीपुर के खलीपुर के भगीरथी तिवारी बतावल जात बा. सोमारे का दिने सद्भावना एक्सप्रेस से एगो बूढ़ कटा के मर गइल. बूढ़ के पहिचान नइखे हो पावत कि के रहे, कहाँ के रहे.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..