चितबड़ागाँव टीसन पर दू जने के मौत

सोमार का फजीरे चितबड़ागाँव टीसन पर एगो नवही मालगाड़ी से कटा गइल. हालांकि अनेसा जतावल जात बा कि ओकर गरदन कहीं अउर काट के मामिला अझुरावे ला रेल लाइन पर फेंक दिहल गइल होखी. मरे वाला के पहचान गाजीपुर के खलीपुर के भगीरथी तिवारी बतावल जात बा. सोमारे का दिने सद्भावना एक्सप्रेस से एगो बूढ़ कटा के मर गइल. बूढ़ के पहिचान नइखे हो पावत कि के रहे, कहाँ के रहे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।