चिता पर से लाश उठा के पोस्टमार्टम ला भेजल गइल

सुगौली इलाका के कैथवलिया गांव से पुलिस एगो लइका के लाश चिता पर उठा ले गइल. बतावल जात बा कि मरल लइका संतोष अपना जीजा का संगे रहत रहुवे आ मझौलिया थाना के माधोपुर चौक पर एगो मोटर गराज में काम करत रहुवे. बियफे का दिने संदिग्ध हालात में ओकर मौत हो गइल त गराज मालिक ओकरा जीजा से समझौता कर के लाश दे दिहलसि आ ओकर अंतिम संस्कार ई कह के कइल जात रहुवे कि ओकरा के साँप काट लिहले रहुवे जवना से ओकर मौत हो गइल. पुलिस के जानकारी मिलल त लाश के पोस्टमार्टम करावे खातिर उठा ले गइल.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।