चिदंबरम के अदा के कायल भइलन रवि किशन

सिनेमा भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन संसद में गृह मंत्री पी. चिदंबरम के भोजपुरी बोलला के स्वागत कइले बाड़न. रविकिशन के लागत बा कि अठवीं अनुसूची में भोजपुरी के शामिल करे के राह साफ होखत बा.

बीकानेर में अपना एगो हिंदी फिल्म के शूटिंग में व्यस्त रवि किशन कहलन कि संसद के कार्यवाही देखत दौरान ऊ कबहियो गृह मंत्री पी.चिदंबरम के हिंदी में बोलत नइखन देखले बाकिर आजु आठवी अनुसूची में भोजपुरी के शामिल करावे खातिर आइल ध्यानाकर्षण प्रस्ताव पर भोजपुरी में आश्वासन देके चिदम्बरम देश-विदेश के करोडो भोजपुरियन के दिल जीत लिहलन.

रवि किशन के कहना बा कि भोजपुरी भाषा के साहित्य त समृद्ध बटले बा ओकर एगो वैभवशाली इतिहास रहल बा दुख क बात बा कि एकरा के संविधान के अनुसूची में शामिल नइखे कइल गइल. बाकिर आजु चिदम्बरम के अंदाज से साफ लागत बा कि सरकार मन बना लिहले बिया कि जल्दी से जल्दी भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता दे दिहल जाव..


(उदय भगत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।