‘चीता’ अउर ‘राउड़ी रंगबाज’ से चेतावत बाड़े विराज भट्ट

viraj-bhattविराज भट्ट पिछला दिने भउँचक रह गइले जब सुनले कि दू गो भोजपुरी फिलिम “चीता” आ “राउडी रंगबाज” उनकर फिलिम बतावल जात बा. कहतारें कि एह नाम के फिलिम ऊ कबो कइबे ना कइलन. एहसे एह फिलिमन से दर्शक तनी सावधान रहसु.

दरअसल विराज भट्ट बहुत पहिले एगो नेपाली फिल्म कइले रहलन जवना के नाम रहल ‘कवच’. अब ओही नेपाली फिलिम के भोजपुरी में डब करके ‘चीता’ बना दिहल गइल बा. एही तरह एगो दोसर नेपाली फिलिम ‘मजबूर’ के भोजपुरी में डब कर के ‘राउड़ी रंगबाज’ के नाम से देखावल जात बा. विराज भट्ट के एगो अउरी नेपाली फिलिम ‘गंगाजल’ के डब करके भोजपुरी भाषा में ‘मर्द रिक्शावाला’ के नाम से प्रदर्शित करे के तइयारी चलत बा. पहिलहूं विराज भट्ट के दू गो नेपाली फिलिम भोजपुरी में देखावल जा चुकल बा.

अपना दर्शकन के चेतवला का साथ ही विराज भट्ट अपना नेपाली फिलिमन के निर्माता लोग से गोहार लगवले बाड़न कि कृपा करके अपना फिलिमन के भोजपुरी में डब करके रिलीज मत करे लोग.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।