‘चीता’ अउर ‘राउड़ी रंगबाज’ से चेतावत बाड़े विराज भट्ट

viraj-bhattविराज भट्ट पिछला दिने भउँचक रह गइले जब सुनले कि दू गो भोजपुरी फिलिम “चीता” आ “राउडी रंगबाज” उनकर फिलिम बतावल जात बा. कहतारें कि एह नाम के फिलिम ऊ कबो कइबे ना कइलन. एहसे एह फिलिमन से दर्शक तनी सावधान रहसु.

दरअसल विराज भट्ट बहुत पहिले एगो नेपाली फिल्म कइले रहलन जवना के नाम रहल ‘कवच’. अब ओही नेपाली फिलिम के भोजपुरी में डब करके ‘चीता’ बना दिहल गइल बा. एही तरह एगो दोसर नेपाली फिलिम ‘मजबूर’ के भोजपुरी में डब कर के ‘राउड़ी रंगबाज’ के नाम से देखावल जात बा. विराज भट्ट के एगो अउरी नेपाली फिलिम ‘गंगाजल’ के डब करके भोजपुरी भाषा में ‘मर्द रिक्शावाला’ के नाम से प्रदर्शित करे के तइयारी चलत बा. पहिलहूं विराज भट्ट के दू गो नेपाली फिलिम भोजपुरी में देखावल जा चुकल बा.

अपना दर्शकन के चेतवला का साथ ही विराज भट्ट अपना नेपाली फिलिमन के निर्माता लोग से गोहार लगवले बाड़न कि कृपा करके अपना फिलिमन के भोजपुरी में डब करके रिलीज मत करे लोग.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..