चुनमुन पंडित के किसना कइलस कमाल

आर के सिने इंटरटेनमेंट का बैनर में बनल निर्माता लक्ष्मण आर पाण्डेय के भोजपुरी फिल्म किसना कइलस कमाल के निर्देशक चुनमुन पंडित के गिनती अब चर्चित निर्देशकन में होखे लागल बा. बिहार का सिनेमाघरन में धूम मचवला का बाद ई फिल्म अब मुंबई में रिलीज होखे जा रहल बा. एह फिल्म का सफलता से उत्साहित चुनमुन पंडित अब अपना नया फिल्म बलवा का तइयारी में लाग गइल बाड़े. एह फिल्म के शूटिंग जल्दिये बिहार में शुरु होखे जा रहल बा.


(स्रोत : संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।