चुनावी जंग में भाजपा व्यूह रचत बिया

नई दिल्ली 22 अक्टूबर (वार्ता) भाजपा कहत बिया कि पांच राज्यन में होखे वाला विधानसभा चुनाव मे भाजपा आ कांग्रेस का बीच .कुशासन बनाम सुशासन. के लड़ाई होखी आ लाल कृष्ण आडवाणी, राजनाथ सिंह, आ नरेन्द्र मोदी समेत सगरी बड़का नेता पूरा दम खम से चुनाव प्रचार में लगीहें.

लोकसभा चुनाव से पहिले होखत एह विधानसभा चुनावन के पार्टी सेमीफाइनल मान के देखत बिया आ अपना ओर से कवनो कोरकसर नइखे छोड़ल चाहत. चुनाव अभियान के रणनीति के तहत सगरी बड़का नेतन के कार्यक्रम अलगा अलगा बनावल गइल बा बाकिर मध्य प्रदेश आ राजस्थान के कुछेक सभा मे आडवाणी आ राजनाथ सिंह दुनु रहीहें. मोदी के रँली दिल्ली में एके गो होखी आ मिजोरम मे एकहु ना.

भाजपा उपाध्यक्ष आ केन्द्रीय चुनाव प्रबंधन. कार्यक्रम अउर समन्वय के प्रभारी मुख्तार अब्बास नकवी आज बतवले कि मध्य प्रदेश मे आडवाणी तीन दिन 14. 19. 22 नवम्बर, राजनाथ सिंह चार दिन 12. 15. 17 आ 19 नवम्बर, नरेन्द्र मोदी चार दिन 18. 20. 21 आ 22 नवम्बर, सुषमा स्वराज 5 दिन, अरुण जेटली दू दिन आ मुरली मनोहर जोशी दू दिन प्रचार करीहें. राजस्थान मे आडवाणी दू दिन 24 आ.25 नवम्बर, राजनाथ सिंह चार दिन 20. 22. 26 आ 27 नवम्बर, अउर नरेन्द्र मोदी 3 दिन 19.23 आ 28 नवम्बर के प्रचार करीहें. बाकी नेता लोग के दू दू दिन के कार्यक्रम बा राजस्थान में. दिल्ली में सगरी नेता एक एक दिन प्रचार करीहें.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।