चुनाव जीत मारीशस के प्रधानमंत्री पद के किरिया धइलन प्रविन्द

साल 2017 में बिना चुनाव जीतले तब के पीएम आ अपना पिता अनिरुध जगनाथ से मारीशस के कमान धरे वाला पीएम प्रविन्द कुमार जगनाथ हालही में करावल गइल चुनाव में अपना गठबन्हन के शानदार जीत दिअवला का बाद आजु 12 नवम्बर 2019 के फेरु प्रधानमंत्री बन गइलन. 7 नवम्बर के भइल चुनाव में उनुका गठबन्हन – मारिशियन एलाएन्स – के 70 में से 42 सीट पर जीत मिलल जबकि उनुकर नजदीकी विरोधी नवीन रामगुलाम के गठबन्हन – नेशनल एलाएन्स – महज 17 सीट जीत पवले. मारीशस के राजनीति में जगनाथ दक्खिनपंथी आ रामगुलाम वामपंथी मानल जालें. धुर बँवारा गिरोह मारिशियन मिलिटेन्ट मूवमेन्ट के 9 सीट मिलल बा.

25 दिसम्बर 1961 का दिने जनमल प्रविन्द कुमार के पाँच बरीस ला पीएम पद के किरिया मारीशस के राष्ट्रपति बारलेन बैपूरी धरवलन. प्रविन्द कुमार के मंत्रिमंडल में 23 गो मंत्री बाड़न. एहमें 3 गो औरत मंत्री बाड़ी. बैंक आफ मारीशस के डेपुटी गवर्नर रहल रंगनादेन पड़याक के नयका वित्तमंत्री बनावल गइल बा.

मारीशस में भोजपुरी आ क्रिओल भासियन के बहुमत बा. अंग्रेज सरकार ओहिजा ऊँख के खेती करावेला भारत से गिरमिटहा – मजूरी करे का एग्रीमेन्ट पर – ले गइल रहल. बाद में इहे लोग अब ओहिजा के राजनीति में पोढ़ हो गइल बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।