चुनाव तरीका में बदलाव के सिफारिश कइले कुरैशी

भारत के मुख्य निर्वाचन आयुक्त एस॰वाई॰ कुरैशी काल्हु लखनऊ में आयोजित क्षेत्रीय सम्मेलन में चुनाव के तरीका में बदलाव करे के बात कहलन. कहले कि भ्रष्ताचार, दबंगई, आ दल बदल पर रोक लगावल बहुते जरुरी बा. चुनाव के पहिले के छह महीना आ बाद के छह महीना ले अधिकारियन के तबादला ना होखे के चाहीं. सम्मेलन में केन्द्रीय मंत्री एम॰वीरप्पा मोइली आ उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री मायावती शामिल भइली. मायावती कहली कि चुनाव के पूरा खर्चा केन्द्र सरकार वहन करे. ऊ एक्जिटो पोल पर रोक लगावे के बाति कहली. इन्तजार करीं कहियो ना कहियो कवनो अइसन नेता जरुर आई जे कही कि चुनाव में प्रचारो करे पर रोक लगा दिहल जाव काहे कि एहसे जनता के खुद सोचे पर असर पड़ेला. एके झटका में सगरी खर्चो पर नियन्त्रण हो जाई. ना सभा, ना दौरा, ना प्रबन्धन !

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..