चुन्नू सिंगापुरी स्टेज शो में व्यस्त बाड़े

chunnubabuसिंगापुर के रॉक स्टार, सीनियर हॉकी खिलाड़ी आ कुशल अभिनेता चुन्नू सिंगापुरी उत्तर प्रदेश के कई जिलन में आपन रंगारंग स्टेज शो पेश करीहें. पहिला शो 19 फ़रवरी के देवरिया के पैकौली ब्रह्म पर भइल. फेर 23 फरवरी के बनारस में होखी आ 24 फ़रवरी के देवरिया के रविन्द्र किशोर शाही स्टेडियम में.

जान लीं कि चुन्नू सिंगापुरी “देवरिया चुन्नू सिंगापुरी क्रिकेट क्लब” बनवले बाड़न जवना खातिर 24 फ़रवरी का दिने देवरिया के रविन्द्र किशोर शाही स्टेडियम में खिलाडियन के चुनल जाई. खिलाड़ियन के चुनाव सबेरे 10 बजे से साँझ 4 बजे का बीच होखी आ साँझ 4 से 6 बजे ले स्टेज शो होखी.

चुन्नू सिंगापुरी के फिलिम “चुन्नू बाबू सिंगापुरी” जल्दिए रिलीज होखे वाली बा. एहमें ऊ माथ भूमिका में बाड़े. चुन्नू के योजना बा कि हर भोजपुरी जिला में एगो “चुन्नू सिंगापुरी क्रिकेट क्लब” होखे, जवना से गरीब खिलाडियन के मदद मिल सके आ ओहनी के बढ़ावा दिहल जा सके कि इंडिया टीमो में खेले के मौका मिल पावे उनका.


(अपना न्यूज)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।