चुलबुल वर्सेज़ पाण्डेय..

सलमान खान के दबंग के नशा भलही बॉलीवुड से उतर गइल होखे, भोजवुड पर ई नशा अबहियो तारी बा. सलमान खान के तर्ज़ पर भोजवुडो में कई जने दबंग हो गइल बाड़े. अब बारी बा दबंग के चुलबुल पाण्डेय के जे भोजपुरी में नज़र अइहें. निर्माता-निर्देशक बॉबी सिंह के एह फिल्म में चुलबुल आ पाण्डेय दु गो अलग-अलग किरदार होखीहें. चुलबुल के रोल में बाड़े मनोज पाण्डेय जिनकर कहना बा कि एह फिल्म के चुलबुल खांटी भोजपुरिया होखी आ ओकरा में बॉलीवुड के चुलबुल के घालमेल ना होई. फिलहाल चुलबुल पाण्डेय का बारे में ताजातरीन खबर ई बा कि एह में भोजवुड के स्वयंभू दबंग मनोजो तिवारी के एंट्री हो गइल बा. माने कि दबंग, चुलबुल आ पाण्डेय सगरी बिटोरा गइल बाड़े. देखल जाव कि ई लोग कवन तीर मारत बा…


(स्रोत : स्पेस क्रिएटिव मीडिया )

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..