चुलबुल वर्सेज़ पाण्डेय..

सलमान खान के दबंग के नशा भलही बॉलीवुड से उतर गइल होखे, भोजवुड पर ई नशा अबहियो तारी बा. सलमान खान के तर्ज़ पर भोजवुडो में कई जने दबंग हो गइल बाड़े. अब बारी बा दबंग के चुलबुल पाण्डेय के जे भोजपुरी में नज़र अइहें. निर्माता-निर्देशक बॉबी सिंह के एह फिल्म में चुलबुल आ पाण्डेय दु गो अलग-अलग किरदार होखीहें. चुलबुल के रोल में बाड़े मनोज पाण्डेय जिनकर कहना बा कि एह फिल्म के चुलबुल खांटी भोजपुरिया होखी आ ओकरा में बॉलीवुड के चुलबुल के घालमेल ना होई. फिलहाल चुलबुल पाण्डेय का बारे में ताजातरीन खबर ई बा कि एह में भोजवुड के स्वयंभू दबंग मनोजो तिवारी के एंट्री हो गइल बा. माने कि दबंग, चुलबुल आ पाण्डेय सगरी बिटोरा गइल बाड़े. देखल जाव कि ई लोग कवन तीर मारत बा…


(स्रोत : स्पेस क्रिएटिव मीडिया )

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।