चेतक प्रतियोगिता में डोमन राय के घोड़ा जीतल

बलिया के कपुरी गाँव में माँ कपिलेश्वरी भवानी के मंदिर रामनवमी का मौका पर चेतक प्रतियोगिता के आयोजन भइल रहे जवना में बिहार के समस्तीपुर के डोमन राय मुखिया के घोड़ा पहिलका जगहा पर रहल. दुसरका जगहा पर देवरिया के रामायण यादव के घोड़ा आ तिसरका जगहा महथापार के कैलाश सिंह के घोड़ा रहल.

जीते वाला लोगन के विधान पार्षद रविशंकर सिंह पप्पू आ विधायक उपेन्द्र तिवारी पुरस्कार बँटले.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।