चोख कमाई

– ‍ नीमन सिंह

पईसा कमा लेला
सभे बाकिर
नाम ना कमाला केहू,
वइसे त
कुकुरो पेट पाल लेला,
बाकिर मरला पर
ओकरा के पूछे ना केहू.
तू
तियाग कमा ……
भूखे रह के
दोसरा के पेट पाल,
कर द नेछावर
आपन सर्वस्व
एह देस पर.
धन्य हो जाई ई देस
तोहरा त्याग से,
उजडल चमन बस जाई
तोहरा बलिदान से ,
नाम लिही सन्ततियां –
आ अमर हो जईब तू..
का पईसा कमाए में लागल बाड़?
तू त
नाम कमा जइबऽ.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।