चोटिल भइलन विजय वर्मा

वइसे त भोजपुरी इंडस्ट्री में रोजे नया-नया नाम जुड़त बा जे एकाध गो छोट-मोट रोल पाके फिल्मी पत्र-पत्रिकन के शोभा बनत बाड़े. त दोसरा ओर कुछ वइसनो लोग बा जे सिनेमा भोजपुरी में बढ़िया काम कइला का बादो चर्चा से दूर रहेलें. अइसने एगो नाम ह विजय वर्मा के जे अबले छह गो हिट फिलिमन में काम कर चुकल बाड़े.

विजय वर्मा पिछला दिने फिल्म ‘‘धड़केला तोहरे नावें करेजवा’’ के शूटिंग में एगो खतरनाक स्टंट सीन करत बहुते जख्मी हो गइलन काहे कि ऊ आपन स्टंट सीन खुदे करेले. आदि शक्ति इंटरटेनमेंट के बैनर तले बनत आ दिनेश यादव का निर्देशन में बनत एह फिल्म के एगो शॉट में घोड़ा से हवा में जम्प लगावत विजय वर्मा आपन बैलेंस बरकरार ना रख पवले आ घवाहिल हो गइल. विजय वर्मा के मुख्य भूमिका वाली ई पहिली फिल्म हवे से सगरी यूनिट में हड़कंप मच गइल.

एह फिल्म में विजय वर्मा के साथे बाड़ी रानी चटर्जी.

जब विजय वर्मा से पूछल गइल कि एह दुर्घटना के चर्चा मीडिया में ना आइल त विजय वर्मा बहुते मासूमियत से कहलन कि ऊ अपना काम पर भरोसा करेले. कहलन कि जब उनुका काम के दर्शक सरहीहें तबे उनुकर विजय नाम सार्थक होखी.


(शशिकांत सिंह के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।