चोर मचाए हल्ला – कहलसि कि अपना मर्जी से चली


नयी दिल्ली, 30 अप्रैल. चारा घोटाला में जेल के सजा भुगतत लालू प्रसाद के एम्स के सेवा अतना नीक लागल बा कि ऊ अस्पताल छोड़े के नइखन चाहत. अस्पताल के कहना बा कि लालू प्रसाद के तबियत में सुधार हो गइल बा आ अब ऊ राँची का अस्पताल में आगे के इलाज करा सकेलें.
बाकिर अस्पताल के पाँच सितारा होटल समुझ बइठल घोटालाबाज लालू चाहत नइखन कि ओकरा के छोड़ के कहीं अउर जासु. असल में एही बहाने लालू देश के राजनीति के केन्द्र में बनल रहे के सहुलियत लीहल चाहत रहलन आ ओकरा के अपना राजनीतिक बइठका ला दालान बना लीहल चाहत बाड़न.
आजु दिन में चारा घोटाला के जेल काटत लालू से भेंट करे एगो घोटाला के मामिला में जमानत पर चलत राहुलो अउलन आ ओकरा बाद लालू के अईंठन अउर बढ़ गइल आ बाद में लालू के गुर्गा एम्स में तोड़ फोड़ क दीहलन.
सवाल उठत बा कि लालू के का हक बा कि ऊ तय करीहें कि ऊ कवना अस्पताल में आपन इलाज करवइहें.
लालू के दादागिरी के दिन अब पूरा हो जाए के चाहीं. बुझात बा कि रसरी जर गइल बा बाकिर राखो में अईंठन ओही तरह मौजूद बा. खैर लालू के अस्पतताल से हटा दीहल गइल बा आ अब उनुका के रेलगाड़ी से राँची ले जाइल जा रहल बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।