चौधरी अजीत सिंह के निधन

किसान नेता चौधरी चरण सिंह के बेटा चौधरी अजीत सिंह के हरियाणा के गुरुग्राम के एगो निजी अस्पताल में आजु सबेरे कोरोना से निधन हो गइल.

82 बरीस के अजीत सिंह राष्ट्रीय लोक दल के संस्थापक अध्यक्ष रहलन. उनुकर बेटा जयंत चौधरी अपना ट्वीट में लोग के ई जानकारी दिहलन. बतवलन कि चौधरी अजीत सिंह कोरोना छूताह भइला का चलते 20 अप्रैल के अस्पताल में भरती करावल गइल रहुवे. हालत खराब भइला का बाद उनुका के आईसीयू में राखल गइल रहुवे जहाँ इलाज का बावजूद उनुका के बचावल ना जा सकल.

12 फरवरी 1939 के जनमल किसान नेता चौधरी अजीत सिंह तीन गो प्रधानमंत्रियन – अटल बिहारी वाजपेई, डॉ मनमोहन सिंह, अउर पी वी नरसिंह राव – के सरकारन में केंद्रीय मंत्री बन के रहलन. कृषि आ नागरिक उड्डयन जइसन मंत्रालयन के प्रभार संभारे वाला अजीत सिंह उत्तर प्रदेश के बागपत संसदीय सीट से सांसद चुनात रहलन.

चौधरी अजीत सिंह के निधन पर राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद आ प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी समेत देश के पक्ष-विपक्ष के नेता आपन शोक संदेश देले बाड़न.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।