चौबे गइलें छब्बे बने दूबे बनि के अइलें

कुछ दिन पहिले २६ नवम्बर के सुप्रीम कोर्ट टिप्पणी कइले रहुवे कि इलाहाबाद हाई कोर्ट में कुछ ना कुछ जरुरे गड़बड़ बा. इलाहाबाद हाई कोर्ट एह टिप्पणी के हटावे खातिर सुप्रीम कोर्ट में याचिका दायर कइले रहुवे. याचिका के सुप्रीम कोर्ट खारिज कर दिहलस. बाकिर इहो कहलसि कि अइसन नइखे कि इलाहाबाद हाई कोर्ट में सभे खराबे बा, कुछ बढ़ियो जज बाड़े ओहिजा. न्यायमूर्ति मार्केण्डय काटजू एह मामिला में याचिकाकर्ता के वकील के कवनो बात सुने माने के तइयार ना रहलें. कहलें कि पब्लिक के बेवकूफ मत समुझीं कि ओकरा मालूम ना चली कि के बेइमान बा आ के इमानदार. ओकरा सब मालूम रहेला.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।