छठ पर रिलीज होखी नागिन

मशहूर निर्माता निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय के फिलिम ‘नागिन‘ छठ का मौका पर रिलीज होखे जात बा. एह फिलिम में मोनालिसा के हॉट अंदाज़ देखे के मिली. फिलिम में मोनालिसा आ नयका सुपर स्टार खेसारीलाल के शानदार हॉट सीन आ गाना बाड़ी स. मोनालिसा एह हॉट सीनन के फिलिम के कहानी के डिमांड मुताबिक बतावत बाड़ी.

एह फिलिम में खेसारी लाल नाग आ कालेजिया विद्यार्थी के डबल रोल में बाड़न. खेसारी के नायिका दू गो बाड़ी एह फिलिम में, रानी चटर्जी आ मोनालिसा. एही संगे खेसारी लाल के एगो अउर फिलिम रिलीज होखे जात बा जवना के नाम ह ‘लहू के दो रंग’. ई फिलिम ’फैमिली ड्रामा‘ ह आ एहमें खेसारी किसान के बेटा बनल बाड़ें. एह फिलिम में महतारी बेटे क भावनात्मक रिश्ता आ महतारी-बाप ला बेटा के फर्ज देखावल गइल बा. एहमें खेसारी के नायिका बाड़ी हॉट गर्ल अंजना.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।