छठ पर रिलीज होखे जा रहल बा "दरार"

रोमांटिक एक्शन फिल्म दरार छठ के महापर्व का अवसर पर रिलीज होखे जा रहल बा. एह फिल्म मे डायनेमिक नायक अनिल सम्राट आ खूबसूरत अदाकारा सोनाली जोशी के रोमांटिक जोड़ी नजर आई. सम्राट फिल्म्स क्रियेशन्स का बैनर में बनल आ आप इन्टरटेनमेंट लि॰ के एह प्रस्तुति के अजीत श्रीवास्तव निर्देशित कइले बाड़े.

अनिल एह फिल्म में मस्तमौला नवयुवक का किरदार में आ सोनाली जोशी माडर्न गर्ल बनल बाड़ी. एह लोग के प्यार भरल मस्ती आ नोंक झोंक दर्शकन के आनन्द दीहि.

दरार में एह लोग का अलावे पवन सिंह आ मोनालिसो के लीड जोड़ी देखे के मिली. अनिल सम्राट एह फिल्म से आपन अभिनय कैरियर शुरु करे जा रहल बाड़न. अनिल के दू गो अउरी फिल्म, कोठा
पवन राजा आजुकाल्हु फ्लोर पर बा.

एह फिल्म में एक दर्जन गाना बा. तसलीम आ तेजाश्री के आयटम डाँस देखेवालन के झूमा दी. गीत आ संगीत विनय बिहारी के बा, कथा पटकथा मनोज हंसराज के, संवाद संतोष मिश्रा के, कैमरा आर आर प्रिंस के, मारधाड़ संयोजन आर पी यादव के आ संपादन चैतन्य तमन्ना के बा.

एह फिल्म के प्रस्तुतकर्ता “आप इन्टरटेनमेंट” बालीवुड फिल्म “नॉक आउट” के निर्माता कंपनी हवे.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।