छठ पूजा पर देखे के मिली लहू के दो रंग

अनिल एण्ड अनिल फिल्म्स आ यश 999 मूवीस के बॅनर तले निर्माता अनिल कुशवाहा आ गायत्री केशरवानी के बनावल भोजपुरी फिलिम “लहू के दो रंग” फिल्म के निर्देशक मंजुल ठाकुर आ कथा-पटकथा लेखक मनोज के कुशवाहा हउवें. गीतकार प्यारेलाल यादव, कृष्णा बेदर्दी, अउर विनय बेलउर आ संगीतकार हउवें सोनू आनंद. कोरियोग्रफी कानू मुखर्जी के आ फाइट मास्टर दिलीप यादव.
मुख्य कलाकारन में ख़ेसारीलाल यादव, राजेश राज(नवोदित कलाकार), अंजना सिंह, प्रिया शर्मा, संजय पांडे, अयाज़ ख़ान, किरण यादव , पुष्पेंद्र सिंह, रत्नेश बरनवाल, सुजीत सार्थक, प्रेम दुबे आ आइटम डान्सर सीमा सिंह के नाम शामिल बा.

फिलिम छठ पूजा का समय रिलीज होखी. एकर संगीत जल्दिए रिलीज होखी.


(भोजवुड न्यूज)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।