छत्तीसगढ़ी अभिनेता शशिमोहन सिंह व्यस्त बाड़े भोजपुरी सिनेमा में

पिछला साल 2011 भोजपुरी सिनेमा खातिर बहुते उतार-चढाव वाला रहल बाकिर कुछ फिलिम बहुते बढ़ियो बिजनेस कइली सँ आ कुछ का मार्फत नया सितारो लोग आइल भोजपुरी सिनेमा में. एही कड़ी में जल्दिये में एगो अउरी सितारा के आगम होखे जात बा आ ऊ हउवे छत्तीसगढ़ी सिनेमा के सफल अभिनेता शशिमोहन सिंह.

छत्तीसगढ़ी फिल्म – “बैरी संगी” आ “गदर मताही” जवना के भोजपुरी संस्करण “गरदा उड़ा देब” हवे, का अलावा फरवरी में रिलीज होखे वाली फिल्म “एलाने जंग” में शशिमोहन के जलवा देखे के मिले वाला बा. एह फिलिम के निर्माता हउवे राजीव गुप्ता आ निर्देशक रवि सिन्हा. मुख्य भूमिका में शशिमोहन सिंह का साथे विनय आनंद, विक्रांत सिंह, संगीता तिवारी, मोनालिसा आ रूबी सिंह के नाम बा. एह फिल्म में शशिमोहन सिंह कानून के पुजारी, सख्त ईमानदार पुलिस इंस्पेक्टर का किरदार में बाड़े.

दोसर फिलिम “हमरे नावे जिला हिलेला” में विनय आनन्द पुलिस इंस्पेक्टर के भूमिका में बाड़े त शशिमोहन शंभूदादा नाम के एगो किरदार में जवना बेजाँय का खिलाफ लड़े वाला दबंग मिजाज के आदमी हवे. किरदार में नजर आयेंगे, और खलनायक की भूमिका कइले बाड़न अवधेश मिश्रा. फिल्म के निर्माता अलक राय, सह निर्माता नारायन बाजोरिया आ चरनजीत सिंह, निर्देशक रवि सिन्हा हउवे. एह फिल्म के बाकी कलाकारन में कल्पना शाह, कोमल ढिल्लो, रूबी सिंह आ सुनील तिवारी के नाम खास बा.


(अपना न्यूज के रामचन्द्र कुंदन के भेजल रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।