छत्तीसगढ़ी फिल्म निर्मात्री गायत्री केसरवानी अब भोजपुरीओ फिलिम बनावे अइली

मूलतः रामपूर छत्तीसगढ़ के गायत्री केसरवानी छतीसगढ़ी फिलिम बनावत बनावत अब भोजपुरीओ फिलिम बनावे लागल बाड़ी. इनकर बनावल छत्तीसगढ़ी फिल्म ‘मैं टूरा अनाड़ी तमो खिलाड़ी’’ छत्तीसगढ़ के सुपर डूपर हिट फिलिमन में गिनाला. एही फिलिम के भोजपुरी ‘टीप टॉप लैला अंगूठा छाप छैला’ टाइटल से अगिला साल रिलीज कइल जाई. फिलिम के निर्देशक हउवें मंजुल ठाकुर.

सिनेमा भोजपुरी में तेजी से आगे बढ़त गायक अभिनेता खेसारी लाल यादव के लेके गायत्री केसरवानी मंजूल ठाकुल के निर्देशन में ‘लहू के दो रंग’ बनवले बाड़ी जवना के पारिवारिक आ साफ सुथर फिलिम बतावल जात बा. एगारह गो गाना वाला एह फिलिम के बनावे में भोजपुरी निर्माता अनिलो कुशवाहा बहुते सहयोग कइले बाड़न. फिलिम दशहरा का मौका पर रिलीज होखी.

निर्माता अनिल कुशवाहा, गायत्री केसरवानी, निर्देशक मंजुल ठाकुर, लेखक मनोज कुत्र कुशवाहा, गीत कृष्णा बेदर्दी, विनय बेलाउर, प्यारेलाल यादव, संगीत सोनू आनंद, छायांकन प्रमोद पाण्डेय, नृत्य कानू मुखर्जी, फाइट दिलीप यादव, अउर एडीटिंग जीतेन्द्र सिंह जित्तू के बा.

मुख्य कलाकारन में खेसारी लाल यादव, अंजना सिंह, लवी श्रीवास्तव, संजय पाण्डेय, राजेश राज, प्रिया शर्मा, किरण यादव, रत्नेश बर्नवाल, अभय राय, पूष्पेन्द्र सिंह, जयंत मुखर्जी, प्रेम दुबे, सुजीत सार्थक, शिवम बिहारी, इत्यादि हैं।


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।