छपरा के शेख डुमरी में नाव पलटला से दू गो बच्चियन के मौत

छपरा के नयागाँव इलाका के शेख डुमरी बाजितपुर गाँव का लगे गंगा नदी में नाव पलटला से दू गो बच्चियन के मौत हो गइल. बाकी लोग या त अपने पँवड़ के निकल गइल भा बचा लीहल गइल.
एह छोटहन नाव पर एगारह लोग सवार रहुवे आ छठ पूजा करा के गाँव वाला किनारे लवटत रहुवे जब ई हादसा हो गइल.
प्रशासन का तरफ से पीड़ित परिवारन के चार चार लाख के चेक बाँट दीहल गइल बा.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।