छपरा न्यूज, 07 अप्रैल 2016

बिहार में शराब बन्दी का चलता अगर कवनो पियक्कड़ के मौत हो जाई त बिहार सरकार ओकरा परिवार के 4 लाख रुपिया के मुआवजा दीहि. एकर अधिसूचना जारी क दीहल गइल बा. उत्पाद आ मद्य निषेध मंत्री अब्दुल जलील मस्तान कहलन कि पियक्कड़ अगर नशा मुक्ति केन्द्र ले चहुंप नइखे पावत भा इलाज के दौरान अगर ओकर मौत हो जात बा त चार लाख रुपिया ओकरा परिवार के दीहल जाई.

राष्ट्रीय लोक समता पार्टी ताड़ी बेचे पर लागल रोक का खिलाफ राज्यव्यापी आंदोलन चलावे के एलान कइले बिया. ओकर कहना बा कि एह फैसला से पासी समाज का साथं अन्याय कइल गइल बा आ पासी समाज पर पुलिसिया जुलुम बढ़ गइल बा.

वायु सेना एह बात ला तइयार हो गइल बिया कि बिहटा के सैनिक हवाई अड्डा से यात्री विमान उड़ानल जायय पटना हवाई पट्टी छोट पड़ला का चलते ओहिजा बड़का विमान ना उड़ावल जा सके.

रविरंजन कुमार के गोपालगंज के नयका पुलिस अधीक्षक बनानल गइल बा. मौजूदा पुलिस अधीक्षक निताशा गुड़िया के दरभंगा में बिहार सैन्य पुलिस के तेरहवीं बटालियन के समादेष्टा बना दीहल गइल बा.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।