छपरा न्यूज, 14 अक्टूबर 2016

बिहार के पहिलका भारी वाहन ड्राइविंग स्कूल छपरा में
भाजपा सांसद आ केन्द्र में कौशल विकास आ सड़क परिवहन राज्यमंत्री राजीव प्रताप रूढ़ी सारण के नवहियन के एगो शानदार तोहफा दिहले बाड़न. बिहार के पहिलका भारी वाहन ड्राइविंग स्कूल सारण जिला के खैरा में 2 किलोमीटर लमहर आ 5 एकड़ में पसरल जमीन पर खुले जात बा. एकर लोकोर्पण 17 तारीख के छपरा में कइल जाई.
टाटा मोटर्स आ ओला जइसन कंपनियन का सहयोग से एह स्कूल के संचालन राइल अंडिया करी.

अमनौर के खोड़ीपाकर गाँव में बुध का रात में डकैती
करीब आधा दर्जन डकैत असलहा चमकावत घर पर धावा बोललें आ घर में मौजूद दूगो मेहरारूवन के डरवा के नाहियो त बारह तारह लाख के गहना, नकदी आ सामान तूट लीहलें. ओह घरी घर में कवनो मरद ना रहलें काहें कि सभे बहरी रोजी रोटी कमाए गइल बा. मालिक नागपुर में, बड़का बेटा दिल्ली में बाड़ें. छोटका बेटा अपना मेहरारू साथे अपना ससुरारी गइल रहुवे.

छपरा शहर में दिनदहाड़े डकैती
बियफे का दिने छपरा के साधनापुरी मोहल्ला में करीब आधा दर्जन डकैत विदेश में रहे वाला तुलसी प्रसाद के घर पर धावा बोल दिहले सँ आ घर में रहत उनुका मेहरारू आ बचवन के हाथ गोड़ बान्ह के पूरा घर खंगाल दीहले सँ. हालांकि पुलिस के लागत बा कि एह मामिला में कुछ पारिवारिक विवादो के हाथ बा.

वैशाली जिला के भवानी हाट में फायरिंग से दस लोग जख्मी
बिहार के वैशाली जिला के जनदाहा इलाका के भवानी हाट में बियफे का सँझिया दू गो मोटरसाइकिलन प आइल बदमाश अन्हाधुंध फायरिंग करत भाग निकलले सँ. कवनो बदमाश के चिन्हल ना जा सकल काहें कि सगरी हेलमेट लगवले रहले सँ. एह फायरिंग से 10 लोग घवाहिल हा गइल बा.

पोखरा में डूबला से फुआ भतीजी के मौत
बुध के सँझिया सोनपुर प्रखंड के शिकारपुर छपरा गांव के पोखरा में दू गो लड़िकियन के डूबले से मौत हो गइल. 15 आ 5 बरीस के ई लड़िकी फुआ भतीजी रहली सँ. घर के लोग दिन भर जँहे तँहे खोजत रहि गइल. आखिर में दुनू के लाश बियफे का दिने पोखरा में मिलल.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।