छपरा मंडल कारा मे छापेमारी पड़ल

आजु 10 अक्टूबर का सबेर में सारण जिला के छपरा मंडल कारा मे पुलिस अधीक्षक वरुण कुमार सिन्हा के नेतृत्व में छापा मारल गइल. एह छापेमारी में ढेरे मोबाइल फोन, शराब के बोतल समेत कईगो आपत्तिजनक सामान बरामद भइल.
पुलिस अधीक्षक वरुण कुमार सिन्हा बतवले कि सूचना मिलल रहे कि कुछ कैदी जेले से मोबाईल फोन के जरिये आपराधिक घटना करावत बाड़े. एही आधार पर आजु सबेरे छह गो थाना के पुलिस मिल के मंडल कारा पर छापा मरलसि.
छापेमारी में तलाशी कइला पर 26 गो मोबाईल फोन, दू गो चार्जर, अनेके कंपनियन के सिम कार्ड, अंग्रेजी शराब के बोतल वगैरह बरामद भइल. एह शराब के आपूर्ति सेना खातिर कइल जाला.
मामिला के जांच के आदेश दे दीहल गइल बा कि जेल का भीतर अतना मोबाइल फोन आ शराब कइसे चहुंपल.
(वार्ता)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।